ब्रिटिश कोलंबिया
British Columbia | |||
---|---|---|---|
Mottoes: | |||
Coordinates: 54°00′00″N 125°00′00″W / 54.00000°N 125.00000°Wनिर्देशांक: 54°00′00″N 125°00′00″W / 54.00000°N 125.00000°W | |||
देस | कनाडा | ||
राजधानी | विक्टोरिया | ||
सभसे बड़ शहर | वैंकूवर | ||
Area | |||
• Total | 944,735 किमी2 (364,764 बर्ग मील) | ||
• Land | 925,186 किमी2 (357,216 बर्ग मील) | ||
• Water | 19,548.9 किमी2 (7,547.9 बर्ग मील) | ||
• Rank | 5th | ||
Population (2021)[1] | |||
• Total | 5,000,879 | ||
• Rank | 3rd | ||
ISO 3166 code | CA-BC | ||
Website | www2 |
ब्रिटिश कोलंबिया (अंग्रेजी: British Columbia) कनाडा के तेरह गो प्रांत आ टेरिटरी सभ में सबसे पच्छिमी प्रांत हवे। ई प्रशांत महासागर आ रॉकी परबत के बीचा में बसल प्रांत बा जेकर 2021 में अनुमानित आबादी 5.2 मिलियन (52 लाख) बाटे आ ई कनाडा के तिसरा सबसे बेसी आबादी वाला प्रांत हवे।
ब्रिटिश कोलंबिया के राजधानी विक्टोरिया शहर हवे जे कनाडा में पाँचवाँ सबसे बड़ मेट्रो शहर हवे; हालाँकि, एह प्रांत के सभसे बड़ शहर वैंकूवर हवे जे कनाडा के मेट्रो शहर सभ में आबादी के मामिला में तिसरा अस्थान पर आवे ला। ग्रेटर वैंकूवर के आनुमानित आबादी अक्टूबर 2013 में लगभग 2.5 मिलियन (25 लाख) रहल।
एह इलाका में पहिली ब्रिटिश बस्ती फोर्ट विक्टोरिया रहल जे 1843 में बसावल गइल, एही से सिटी ऑफ़ विक्टोरिया बनल।
ब्रिटिश कोलंबिया के अर्थब्यवस्था प्राथमिक रूप से फारेस्ट्री, खनन, सिनेमैटोग्राफी आ पर्यटन पर निर्भर बाटे। ई एगो प्रमुख समुंद्री ब्यापार वाला क्षेत्र भी हवे। एह प्रांत के बस 5 परसेंट जमीन खेतीबारी लायक बाटे हालाँकि, फ्रेजर घाटी आ ओकनागन में भरपूर खेती होखे ला काहें कि एह इलाकन में कुछ गरम जलवायु बाटे।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Data table, Census Profile, 2021 Census of Population - British Columbia [Province]". Retrieved February 10, 2022.
{{cite web}}
: CS1 maint: url-status (link)
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया British Columbia पर मौजूद बा। |
- Government of British Columbia website
- Tourism British Columbia official website
- BC Government online map archive
ई कनाडा-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |